Bhojpuri Song: “आरा के ओठलाली” भोजपुरी दर्शकन के त दिल जीत ही रहल बा, साथ ही यूट्यूब आ सोशल मीडिया पर भी तेजी से वायरल हो रहल बा। सारेगामा भोजपुरी कंपनी पवन सिंह के जन्मदिन प ई गाना रिलीज क के उनुका के एगो शानदार तोहफा दिहले बा।
ई गाना रिलीज होखे के कुछ ही घंटा में लाखों व्यूज के आंकड़ा पार क चुकल बा आ ट्रेंडिंग लिस्ट में भी आपन जगह बना लेले बा। “आरा के ओठलाली” गाना में पवन सिंह आ मशहूर गायिका कल्पना पटवारी के आवाज के जादू बा। एह गाना के संगीत प्रियांशु सिंह दिहले बाड़न, जबकि एकर लिरिक्स आशुतोष तिवारी लिखले बाड़न आ रजत नागपाल एकरा के कंपोज कइले बाड़न।
वीडियो में पवन सिंह के साथ सोनम मलिक नजर आ रहल बाड़ी, जे एह गाना के साथ भोजपुरी सिनेमा में आपन करियर के शुरुआत कर रहल बाड़ी। पवन सिंह आ सोनम के जोड़ी दर्शकन के खूब पसंद आ रहल बा। पवन सिंह एह गाना के अपना दिल से गवले बाड़न, आ उ कहले बाड़न कि “आरा के ओठलाली” खाली एगो गाना ना ह, बल्कि ई उनके दिल के बहुत करीब बा। उनुका पूरा भरोसा बा कि ई गाना खाली भोजपुरी दर्शकन के ही ना, बल्कि हिंदी दर्शकन के भी खूब पसंद आई।